Friday, May 8, 2015

भोजपुरी में खबर

इंगलैण्ड में भइल चुनाव में कंजरवेटिव पार्टी के पूरा बहुमत मिल गइल बा जबकि सर्वे में बतावल जात रहुवे कि अबकी कवनो दल के बहुमत नइखे मिले वाला. विरोधी लेबर पार्टी के करारी हार देखे के पड़ल जवना का बाद ओकर नेता इद मिलिबैंड इस्तीफा दे दिहलन. स्काटलैंड में स्काटिश नेशनल पार्टी के शानदार जीत मिलल आ ओहिजा के 59 गो में से 56 सीट ऊ अकेले जीत लिहलसि. एह चुनाव का बाद कैमरुन दुबारा सरकार बनइहें आ अनुमान लगावल जात बा कि इंगलैंड यूरोप युनियन से अलगा हो जाई आ स्काटलैंड में फेरू युनाइटेड किंगडम से बाहर निकले के आंदोलन तेज हो जाई.

  • लोकसभा पटल पर राखल गइल कैग के रिपोर्ट में देश में बनल लड़ाकू जहाह तेजस-1 में नाहियो त 53 गो कमी गिनावल गइल बा. साल 2013 में एह जहाज के क्लियरेंस मिलल रहुवे बाकिर वायुसेना एकरा में कई गो बदलाव के जरुरत बतवले बिया. कैग के रिपोर्ट में इहो कहल गइल बा कि सेना का लगे महज दस पन्द्रह दिन के लड़ाई करे लायक गोला-बारूद बचल बा. जबकि ओकरा लगे कम से कम चालीस दिन ले लड़े लायक सामान होखे के चाहीं.
  • मुंबई हाई कोर्ट से काल्हु सलमान के जमानत मिल गइल आ उनुका के सुनावल सजा पर रोक लगा दीहल गइल. देश के एह न्याय व्यवस्था पर पूरा समाज सवाल उठावत बा कि तेरह साल लागल सलमान के सजा सुनावे में बाकिर आनन फानन में सजा पर रोक लाग गइल. कवनो आम आदमी निर्दोष रहला का बादो बिना जमानत बरीसन जेल में सड़े ला मजबूर हो जाला आ ओकर सुनवाई करे के समय कवनो अदालत का लगे ना रहे. बस तारीख पर तारीख पड़त रहेला. बाकिर अगर केहू पइसा आ पँहुच वाला होखो त ओकरा ला पलक झपकते सब कुछ हो जाला.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के छत्तीसगढ़ के दौरा खातिर नया रायपुर में बनावल पंडाल भस गइल जवना चलते करीब 4 दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. एह हादसा का बाद मोदी के रायपुर सभा रद्द कर दीहल गइल बा बाकिर दंतेवाड़ा में उनकर सभा होखे जा रहल बा. नक्सली एह दौरा के विरोध करत बाड़न काहे कि ऊ ना चाहसु कि उनुका प्रभाव का इलाका में विकास के कवनो काम होखो आ गरीब आदिवासियन के रोजी रोटी के सुबहित जुगाड़ बन पावे. दंंतेवाड़ा में मोदी इस्पात संयंत्र के दू गो बड़हन परियोजना आ रावघाट-जगदलपुर रेल लाइन के उद्घाटन करीहें.
  • संसद में गलतबयानी के आरोप में राहुल गांधी का खिलाफ विशेषाधिकार हनन के नोटिस भाजपा का तरफ से दीहल गइल बा. सुर्खी बटोरे का फेर मे रहे वाला राहुल कवनो मसला के तह में जाए के कोशिश ना करसु आ सुनल सुनावल बात पर बोलत रहेलें. अमेठी के फूड पार्क योजना रद्द करे के फैसला पिछला यूपीए सरकारे कइले रहुवे आ दस महीना पहिले एह योजना के रद्द कर दीहल गइल रहे. बाकिर दस महीना बाद अचके में राहुल ट्यूबलाईट का तरह रोशन भइलें आ बयान दे मरले.
  • शुक का दिने पूरा यूपी में डाक्टर हड़ताल पर रहले. एह हड़ताल में डाक्टर पूरा एकजुटता देखवले आ आपन निजी क्लिनिक आ नर्सिंग होम बंद क के रखले. इक्का दुक्का डाक्टर जरूर अपना क्लिनिक में मरीज देखत पावल गइलें बाकिर वइसन लोग अमूमन आईएमए के आंदोलन में शामिल ना होखसु.
  • नेपाल में भूकंप आवे के सिलसिला लगातार जारी बा. शुक का दिनो चार गो झटका आइल. अबले ओहिजा भूकंप से मरेवालन के गिनिती आठ हजार के पार हो गइल बा. संयुक्त राष्ट्र एह बात पर चिंता जतवले बा कि नेपाल के एह त्रासदी का बाद दुनिया से मिलल सहायता नाकाफी बा आ ओकरा अउर सहायता मिले के चाहीं.
  • चीन के विदेश मंत्रालय के एगो बोलतुआ मोदी के होखे वाला चीन यात्रा के स्वागत करत कहलन कि एह दौरा से दुनू देश का बीच संबंध अउर पोढ़ होखी.
  • मोदी के चीन यात्रा से कुछे दिन पहिले चीन का सीमा से लागल पूर्वोत्तर भारत में सुपरसोनिक ब्रह्मोस मिसाइल के सतह से सतह पर मार करे वाला संस्करण के सफल परीक्षण शुक का दिने कइल गइल.
  • शुक का दिने पश्चिम बंगाल के अलीपुर दुआर इलाका में वायुसेना के एगो मिग-27 विमान गिर गइल. एह हादसा में पायलट त बाच गइल बाकिर दू गो आम आदमी मारल गइले.
  • विकेटकीपर बल्लेबाज पार्थिव पटेल के शानदार 45 रन आ हार्दिक पंड्या के नाबाद 21 के सहारे मुंबई इंडियंस चेन्नई में भइल आईपीएल मैच में चेन्नई सुपरङ्क्षकग्स के ओकरे मैदान पर छह विकेट से हरा दिहलसि.
  • केंद्र सरकार का तरफ से मार्च में ऑल इंग्लैंड ओपन चैम्पियनशिप के फाइनल में पहुंचे वाली स्टार बैडमिंटन खिलाड़ी सायना नेहवाल के 25 लाख रुपिया के इनाम दीहल गइल. एह चैम्पियनशिप के फाइनल में पहुंचे वाली ऊ भारत के पहिला महिला खिलाड़ी रहली.
  • नई दिल्ली से दरभंगा का बीच चले वाली स्वतंत्रता सेनानी एक्सप्रेस 11 सितंबर से जयनगर ले चलल करी आ बीच में सकरी आ मधुबनी पर रुकल करी. एही दिन से मोरध्वज एक्सप्रेस जम्मूतवी से मुजफ्फरपुर का बदले बरौनी ले चलल करी,
  • बिहार के मुख्यमंत्री रहल जीतन राम मांझी आपन नया गोल बनावे के एलान शुक का दिने क दिहलन. एह गोल के नाम राखल गइल बा ‘हम’ माने हिन्दुस्तानी अवाम मोर्चा. शकुनी चौधरी के एकर प्रदेश अध्यक्ष बनावल गइल बा. एकरा झंडा में केसरिया रंग ना होखी आ ऊपर नीचे हरियर पट्टी का बीच में उज्जर पट्टी रही. बीच में हम लिखल रही.
  • उत्तर प्रदेश सरकार 9 गो डिप्टी एसपी के तबादला शुक का दिने क दिहलसि. एह तबादला में जटाशंकर राव सहायक सेनानायक गोरखपुर, विजेंद्र द्विवेदी सहायक सेनानायक आजमगढ़, सिद्धार्थ सीओ लोकायुक्त, मदन सिंह सीओ फतेहपुर, आरके गौतम सीओ मथुरा, लेखराज सीओ फतेहगढ़, एके त्यागी सीओ शाहजहांपुर, संजय कुमार सीओ मथुरा, आ रामआसरे सिंह हरदोई के नाम शामिल बा.
  • गुलाम काश्मीर के यात्रा पर निकलल दू गो राजदूत शुक का दिने मारल गइले जब ओह लोग के ले के जात हेलीकाप्टर के मार गिरावल गइल. एहमें 11 लोग सवार रहुवे आ सात लोग के मौत हो गइल. चार जने घवाहिल होके बाँच गइले.
  • बलिया सदर तहसील के लेखपाल अमीर चंद के घूस लेत पकड़ लीहल गइल आ वाराणसी से आइल टीम ओकरा के लेके चल गइल.
  • बियफे का रात गाजीपुर के सालिकपुर सौरी गाँव के प्रधान प्रेमचंद यादव के गोली मार के हत्या क दीहल गइल.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज तीन गो बड़हन सामाजिक सुरक्षा योजना के शुरुआत करइहें. एकनी के नाम हवे प्रधानमंत्री जीवन ज्योति बीमा योजना (पीएमजेजेबीवाई), प्रधानमंत्री सुरक्षा बीमा योजना (पीएमएसबीवाई) आ अटल पेंशन योजना. एह योजनन के शुरुआत का बाद देश के आम आदमी के जीवन बीमा के लाभ बहुते कम खरच, महीना में एक रुपिया, में मिले लागी.
  • देश में पिछला पांँच बरीस में मकानन के दाम तेजी से बढ़ल बा आ सबले अधिका तेजी लखनऊ में आइल बा. एह बीच मकानन के दाम करीब 70 फीसदी बढ़ गइल बा. सबले बेसी माँग छोट मकानन के बा आ ओकरे दाम सबले अधिका बढ़ल बा. लखनऊ में त दाम दुगुनो से अधिका हो गइल बा.
  • सप्ताह के आखिरी कारोबारी दिन शुक का दिने मुंबई के शेयर बाजार में फेरू तेजी देखे के मिलल आ सेंसेक्स एक बेर फेर 27000 से ऊपर आ गइल. निफ्टीओ 8191 पर बंद भइल. पिछला दू दिन का गिरावट का बाद ई करेक्शनो रहल हो सकेला आ नयका निवेशक लोग के सम्हर के फैसला लेबे के चाहीं. अबहीं कवनो नया सौदा खड़ा कइल घाटा दे सकेला.
  • सुप्रीम कोर्ट शुक का दिने बिहार में गुटखा बेचे पर लगावल पाबन्दी के बरकरार राखत पटना हाई कोर्ट के फैसला पर रोक लगा दिहलसि.
Source - tatkakhabar

No comments:

Post a Comment

Video

Loading...
There was an error in this gadget